M:- छठ माई के पावन पर्विया पर्विया मन भावन लागे हो - 2
जगमग जरेला दियरीया तऽ घटिया सुहावन लागे हो
कोरस - जगमग जरेला दियरीया तऽ घटिया सुहावन लागे हो
M:- पुरुब ओरीया लउके जब सुरुज के ललईया
पनिया में खाड़ अर्घ देवेली तिवईया
पुरुब ओरीया लउके जब सुरुज के ललईया
पनिया में खाड़ अर्घ देवेली तिवईया
माथवा पऽ सोभेला दउरवा दउरवा लुभावन लागे हो - 2
जगमग जरेला दियरीया तऽ घटिया सुहावन लागे हो
कोरस - जगमग जरेला दियरीया तऽ घटिया सुहावन लागे हो
M:- केहु भुईया परी केहु आवे पैदल हो
छठी मईया देली सबके व्रत के फल हो
केहु भुईया परी केहु आवे पैदल हो
छठी मईया देली सबके व्रत के फल हो
लिखले नितिश छठी गितिया तऽ अमर सुनी गावन लागे हो - 2
जगमग जरेला दियरीया तऽ घटिया सुहावन लागे हो
कोरस - जगमग जरेला दियरीया तऽ घटिया सुहावन लागे हो
अगर आपको यह भजन अच्छा लगा हो तो कृपया इसे अन्य लोगो तक साझा करें।