Current Date: 24 Nov, 2024

कोपी कोपी बोलेली छठी मैया

- Anu Dubey


कोपी कोपी बोलेली छठी मैया सुनि ए सेवक लोग,

मोरा घाटे दुबीया उपज गइले,

मकरी बसेरा लिहले,

मकरी बसेरा लिहले।

ए रउरा घाटे दुबीया छिलवाई देबो मकरी उजारी देबो।


कोपी कोपी बोलेली छठी मैया सुनि ए सेवक लोग,

मोरा घाटे दुबीया उपज गइले,

मकरी बसेरा लिहले।

ए रउरा घाटे दुबीया छिलवाई देबो मकरी उजारी देबो।

रउरा घाटे चंदन छिडकाई देबो मकरी उजारी देबो।

कोपी कोपी बोलेली छठी मैया सुनिए सेवक लोग,

मोरा घाटे दुबीया उपज गइले,

मकरी बसेरा लिहले मकरी बसेरा लिहले।

Credit Details :

Song: Kopi Kopi Boleli Chhathi Maiya
Singer: Anu Dubey
Lyrics: R.R Pankaj
Music: Manoj Aryan, Ramaiya Raj

अगर आपको यह भजन अच्छा लगा हो तो कृपया इसे अन्य लोगो तक साझा करें।